KKR Vs RCB match: Bhojpuri में पढ़िए पहले तीन ओवर की रोमांचक comentry
Kolkata Knight Riders vs Royal Challengers Bangalore: इस सीजन आईपीएल में भोजपुरी भाषा में कमेंट्री सबसे अधिक देखा जा रहा है। फैंस हिंदी और इंग्लिश से ज्यादा भोजपुरी कमेंटेटर को सुनना पसंद कर रहे हैं।

Kolkata Knight Riders vs Royal Challengers Bangalore Comentry in bhojpuri: आईपीएल के 9वें मैच में केकेआर ने आरसीबी को 81 रनों से हराने का काम किया। पहला मैच गंवाने के बाद केकेआर मे दमदार वापसी करते हुए आरसीबी को पटखनी देते हुए आईपीएल के इस सीजन में जीत का खाता खोला। इस सीजन जियो सिनेमा को आईपीएल मैचों का लाइव स्ट्रीमिंग का राइट्स मिला हुआ है। भोजपुरी कमेंट्री में फैंस सबसे ज्यादा मैच का मजा ले रहे हैं।
फैंस की पहली पसंद भोजपुरी कमेंट्री
भोजपुरी में आईपीएल मैच की कमेंट्री को फैंस सबसे अधिक पसंद कर रहे हैं। भोजपुरी सुपरस्टार और राजनेता रवि किशन भोजपुरी कमेंट्री से सबका दिल जीतने का काम कर रहे हैं। इसके अलावा भोजपुरी कमेंटेटर रॉबिन सौरभ भी इन दिनों चर्चाओं में बने हुए हैं। आइए हम आपको केकेआर और आरसीबी के बीच खेले गए मैच के दौरान की कमेंट्री का कुछ भाग पढ़ाने की कोशिश करते हैं।
आईपीएल के नऊंवा मैच- केकेआर बनाम आरसीबी के मैच... अउर भोजपुरी कमेंट्री में रउआ सभे के स्वागत बा।
टौस जीत के आरसीबी पहिले बौलिंग चुनले बा। मोहम्मद सिराज पहिला ओभर के मोर्चा संभरले बाड़े।
0.1- सिराज के पहिला गेंद रहमानुल्ला गुरबाज के... का कमाल के गेंदा रहे... कम लंबाई के कारण ओकरा बाउंस के साथे जबरदस्त स्विंग मिलल... सनसनात गेंदा गुरबाज के कान भिरी से निकल के विकेकीपर दिनेश कार्तिक के दस्ताना में पहुंचल। कवनो रन ना बनल।
0.2- सिराज गुरबाज के। कवनो रन ना बनल। ई गेंदा के रफ्तार रहे 135.6 किलोमीटर प्रति घंटा।
0.3- सिराज लाइन पर काबू ना रख पवले... गेंदा लेग स्टंप से बहरी गिर के विकेटकीप के छकावत बाउंड्री के पार हो गइल। केकेआर के वाइड के पांच रन मुफते में मिल गइल।
0.3- गेंदा औफ स्टंप से बाहर जात रहे जवना पर गुरबाज कवनो रन ना लेले।
0.4 - गेंदा अच्छा लंबाई पर टप्पा खा के औफ स्टंप पर आवत रहे जवना के गुरबाज बैकफुट पर जा के खेल देले। कवनो रन ना बनल।
0.5- ई गेंदा पर गुरबाज बैकफुट पर जा के कभर अउर प्वाईंट के बीच से शानदार अउर जानदार शौट मरले। गुरबाज के चार रन मिलल।
0.6 - अच्छा लंबाई पर टप्पा खा के गेंदा अंदर आइल, गुरबाज कवनो रन ना बना पवले।
पहिला ओभर समाप्त- (0 0 वाइड5 0 0 4 0) कुल-9 रन
केकेआर 9/0- गुरबाज 4(6), बैंकटेश 0(0) / मोहम्मद सिराज 1-0-9-0
1.1- डेविड विली के पहिला गेंदा बैंकटेश अय्यर के। औफ सस्टंप पर पूरा लंबाई के गेंदा रहे। बैंकटेश बैकफुट पर जा के डिफेंसिभ शौट खेल देले। कवनो रन ना मिलल।
1.2- विली के पटकल गेंदा के बैंकटेश स्कावयर लेग देने खेल के 1 रन बनवले।
1.3- विली के गेंदा गुरबाज के। लेग स्टंप के गेंदा के लेग साइड में खेलले लेकिन फील्डर मुस्तैद रहन। कवनो रन ना बनल।
1.4- विली के गेंदा लेग स्टंप के लाइन में रहे जवना पर गुरबाज मिड बिकेट एरिया में उठा के खेलले। 1 रन मिलल।
1.5- विली बैंकटेश के। अच्छा लंबाई के गेंदा के बैंकटेश कभर एरिया में खेल के 1 रन लेले।
1.6- बिली गुरबाज के। लेग स्टंप पर गेंदा रहे। बैट के कोना से लाग के गेंदा कभर एरिया में गइल। कवनो रन ना बनल।
दू ओभर खतम - ( 0 1 0 1 1 0) कुल 3 रन- केकेआर 12/0
रहमानुल्ला गुरबाज-5 (9)- बैंकटेश अय्यर 2 (3)
2.1 सिराज बैकटेश के । लेंग स्टंप से गेंदा बाहर देने जात रहे जवना के बैंकटेश बैकफुट पर डिफेंसिभ शौट खेल देले। कवनो रन ना बनल।
2.2- सिराज बैंकटेश के। लेग साइड में खेल के बैंकटेश 1 रन लेले।
2.3- सिराज बैंकटेश के। गेंदा औफ स्टप से बाहर रहे। गुरबाज के कभर एरिया में शौट मारे के जगह मिल गइल। गुरबाज के 4 रन मिलल।
2.4 - सिराज गुरबाज के। बल्लेबाज अउर बिकेटकीप के गेंदा छकावत बाउंड्री के पार हो गइल। बाई के 4 रन मिलल।
2.5- सिराज गुरबाज के। गुरबाज थर्डमैन देने खेल के 4 रन बटोरले।
2.6- सिराज बाउंसर फेंकले। गेंदा गुरबाज के माथे के उपर से चल गइल जवना से वाइड करार दिहल गइल।
2.6- औफ स्टंप पर गेंदा के गुरबाज बैकफुट पर डिफेंसिव शौट खेल देले। कवनो रन ना बनल।
तीसरा ओभर समाप्त ( 0 1 4 बाई4 4 वाइड 0) कुल-14 रन
केकेआर- 26/0 गुरबाज 13(13), बैंकटेश-3(5) / सिराज- 2-0-19-0












Click it and Unblock the Notifications